अभिषेक कुमार पांडेय की कविता.. सुनो भाई साधो

अभिषेक कुमार पांडेय की कविता.. सुनो भाई साधो

किशोरवय साथी सब, सुन मोर ई बात; मतदान के महत्त्व समझ, ई ह सच्ची सौगात।

देश के हालात अउर दिशा, केतना बा खस्ता; एक वोट से बदल सकेला, भारत के रस्ता।

आपन हक के पहचान, जाग अउरी जगाव; लोकतंत्र के ज्योति के, हम सब मिलजुल के जलाव।

भ्रष्टाचार अउरी अन्याय के, मिलके दूर भगाव; स्वच्छ, सुंदर भारत के, सपना साकार बनाव।

-अभिषेक पांडेय 'सोनू'.. ग्राम-देवरिया खुर्द, मऊ



Post a Comment

Previous Post Next Post